कीर्तन के ह रात माता आज रउरा आ जाईं

 

Kirtan ke ha rat mata aaj raura aa jayi


कीर्तन के ह रात माता आज रउरा आ जाईं।  

माँ दर्शन दिखा जाईं।। कीर्तन के ह रात...

दरबार हे मइया , सजल राउर कईसन, आयीं आके देख लीं 

सेवा में मईया ,खड़ा मिलब हम त ,  हुकुम दी मत देर करीं। । 


सेवा में रउरा इ तन मन समर्पित बा , माँ  दर्शन दिखा जाईं 

कीर्तन के ह रात माता आज रउरा आ जाईं, दर्शन दिखा जाईं ।  कीर्तन के ह रात...


कीर्तन के बा तैयारी , कीर्तन करब जमके, कहवाँ कइनी देरी। 

वादा राउर दाती , कीर्तन में आवेके , घडी मत देर करीं।। 

सबलोग मगन भइल बा , दर्शन करे खातिर,  माता अब दरस दिखाई। 


जे कुछ बनल हमसे , अर्पण सारा कइनी , माता स्वीकार करीं। 

नादाँ से जो गलती , हो गइल जे कउनो , माता  मत ध्यान धरीं 

कीर्तन के ह रात माता आज रउरा आ जाईं।  माँ दर्शन दिखा जाईं।। कीर्तन के ह रात...

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ