कीर्तन के ह रात कान्हा आज रउरा आ जाईं।

Kirtan ke ha rat kanha aaj raura aa jayi


कीर्तन के ह रात कान्हा आज रउरा आ जाईं।  

प्रभु दर्शन दिखा जाईं।।

दरबार कन्हईया, सजल राउर कईसन, आयीं आके देख लीं 

सेवा में कन्हैया ,खड़ा मिलब हम त ,  हुकुम दी मत देर करीं। । 

सेवा में रउरा इ तन मन समर्पित बा , प्रभु दर्शन दिखा जाईं 

कीर्तन के ह रात कान्हा आज रउरा आ जाईं।  


कीर्तन के बा तैयारी , कीर्तन करब जमके, कहवाँ कइनी देरी। 

वादा राउर दाता , कीर्तन में आवेके , घडी मत देर करीं।। 

सबलोग मगन भइल बा  ,  प्रभु दर्शन दिखा जाईं


जे कुछ बनल हमसे , अर्पण सारा कइनी , प्रभु स्वीकार करीं। 

नादाँ से जो गलती , हो गइल जे कउनो , प्रभु मत ध्यान धरीं 

कीर्तन के ह रात कान्हा आज रउरा आ जाईं।  


एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ